Sab Kahela Ki Bahute Sugher Badu Tu / टोना लागे ना काची उमरिया में

 टोना लागे ना काची उमरिया में



दोहा: जेकरा चेहरा पर नूर हो जाला

          ऊ आदमीयत से  दूर हो जाला

         आ ईहे देखल ये जमाना में 

          ओकरा  सचहू गुरूर हो जाला   ।।


सब कहेला की बहुते सुघर बाड़ू तू 

टोना लागे ना काची उमरिया में........  ।।।।


नैना पवलू शराबी ना ताकल कर ...

रूप की रानी छत से ना  झाकल कर...

जेने ताकेलू अनहरियो में अजोर हो जाला 

कवनो जादू भरल बा नजरिया में 

टोना लागे ना काची उमरिया में 

सब कहेला की बहुते सुघर बाड़ू तू 

टोना लागे ना काची उमरिया    में        ।।



तोहके  फुर्सत में आके बनवले खुदा ......

जे भी देखें ला तोहके हो जाला फिदा .....

तोहार जुल्मी जवानी कहानी बनी

 दाग लागे ना कोरी चुनरिया में

 टोना लागे ना काची उमरिया में 

सब कहेला बहुते सुघर बाड़ू तू 

टोना लागे ना काची उमरिया   में    ।।


का जरूरत बा  नथूनी कंगन हार के 

फूल महके ला खुदे  फुलल डाल के

राजू माली बिना फूल लोहरला के

अखियां बिछल बा तोहरे डगरिया में 

टोना लागे ना काची उमरिया में 

सब कहेला की बहुते सुघर बाड़ू तू 

टोना लागे ना काची उमरिया मे        ।।।।

LBMUSICENTERTAINMENT.COM 

Post a Comment

1 Comments

  1. रउआ सभे बहुत अच्छा काम करत बानी जा।शत-शत नमन।

    ReplyDelete