Chunariya Mein Daag Laag Gail / चुनरिया में दाग लाग गईल

 चुनरिया में दाग लाग गईल  !!


बईठल रोवेली गुजरिया हो, चुनरिया में दाग लाग गईल 

कईसे जाई पिया के नगरिया हो, चुनरिया में दाग लाग गईल 


आईल बा गवना के हमरो सनेसवा 

जाएँके बा हमरा पियवा के देशवा 

काँच बावे हो .......

काँच बावे हमरी उमरिया हो, चुनरिया मे दाग लग गईल 

बईठल रोवेली गुजरिया हो, चुनरिया में दाग लाग गईल ....।।


नईहर में चार गो यार बनवली 

दिन रात उनही से नैना लड़वनी 

उनके सुतउली .....

उनके सुतउली सेजरिया हो ,चुनरिया में दाग लाग गईल 

बईठल रोवेली गुजरिया हो, चुनरिया में दाग लाग गईल ....।।


चार बात सजना के हम भूल गईली 

पछतात बानी हम का कईनी 

डोली आईल ....

डोली आईल हमरो दुअरिया हो ,चुनरिया में दाग लाग गईल

बईठल रोवेली गुजरिया हो, चुनरिया में दाग लाग गईल ....।।


चुनरि के दाग "दीप" कईसे छोड़ाईब 

कईसे हम सजना  के मुहवा देखाईब 

बरसेली हो........

बरसेली अखिया से बदरिया हो, चुनरिया में दाग लाग गईल

बईठल रोवेली गुजरिया हो, चुनरिया में दाग लाग गईल ....।।

-LbMusicEntertainment- 

#Bhojpuri,,#Bharatvyas,

#Lbmusicentertainment,,



Post a Comment

0 Comments